5/29/2009

नजरा जईबू

अभिज्ञात के अन्य भोजपुरी गीत यहां उपलब्ध हैं

गोरको पतरको काजर लगाइल नजरा जइबू हो।
आन भले तू बूझ हमके पजरा पइबू हो।

खोजेलू केकरा बोल
घूमेलू रोजे बजारी
छतवा पर लउकेलू सौ बेरी
लइका दबा अंकवारी
दिल के बात बता द कबले पचरा गइबू हो।

कनखी से ताकेलू तू काहे
दंतवा में ओढ़नी दबा के
मुस्कालू तू इचको गोरी
ध देलू हमके मुआ के
नीमन छोड़ि के बाऊर संगे अझुरा जइबू हो।

हमरे घरे आ जा मिल के
रोजे चौका पुराई
पुअरा में जाके लुकाइब जा
गंगा में डुबकी लगाईं
तू रतरानी के गमकउवा गजरा पइबू हो।

1 टिप्पणी:

बेनामी ने कहा…

वाह अभिज्ञात जी,
वाकई मजा आ गइल। एकरा साथ ही पुरानका भोजपुरी सिनेमा के एगो गाना इयाद आवता...गोरकी पतरकी रे, मारे गुलेलवा जियरा उडी-उडी जाव...